हउ बबवा त चल गइल हो बबा..
कौन बबवा रे, हमरा छोड के अउरो कवनो बाबा बा का ए भुइ्ंलोटन
अरे हम उ सिधेसर बबा के बारे में कहत हइ्ं
कावन उ सिधेसरा , ओकरा त सीधे परलोक जाए के लिखले रहे , हमरा से नू ओकर जनमपतरी देखवे के चाहत रहे..
पर बबा - बाकी बबवा सब त ओकर लहास लेके बइठल बाडे से कि उ फेर से जी जइहें..
अरे भुइंलोटन, इ कुल्ह बोका हवन स ससुर के नाती, अब मरलो घेाड़ा घास खाला, एह ससुरन के पहिले ना बुझात रहे कि गडही में जाए के पहिले ओहमें एकाध भुड़की छोड देवे के चाहीं, त ससुर चल रहन चमत्कार देखावे , का त भुइं समाधी
हं बबा ... पर लोग त कहता कि सांचो के उ बबवा चमत्कारी रहे, इ त इशर के परकोप रहे कि उ मर गइलें ना त हरदम त उहे जात रहलन समाधि में...
अरे बुडबक.. इ सब चानस के बात ह ... एकाध बेरी बांच के आ गइलन ससुर त चमत्कारी बबा हो गइलन, इहां लोग जिनगी भर भू पर लोटत रहता त कवनो चमत्कार ना हेाखे आ इ सात दिन जमीन में धंस के बइठ जइहें त चमत्कार हो जाई अरे इ सब लाफासूटिंग ढेर देखले बानी इ अस्सी साला जिनगी में , छोड इ लइकपुराण कुछ अउर बात कर ए भुइंलोटन...
अउर का कहीं ए बबा... हमार त पराण ओही बबवा में अंटकल बा... बेचारा कतना तडप तडप के मरल होइ उ गडही में, आउर बाहर सब लोग समाधि के इंतजार में ढोल बजावत होई ... राम राम
Thursday, July 17, 2008
ई अखबरवा वोला रोज कहरलेसअ काहे हो
ए बबुआ भुर्इंलोटन
एगो बात हमरा ना बुझाला
का बबा..
कि इ अखबरवा वोला ससुर रोज अतना कहरले स काहे
मतलब बबा..
मतबल इ भुईंलोटन कि अब आज के खबरिया के हेडिंगवा देखअ, अरे इ आज के अखबार के दुई नमर पनवा पर देख का लिखले बा - घंटी गिरोह का कहर, लोग गए सिहर
हं बबा ..
का हं बबा, बकलोले हर्इस का रे, सब बात में बस हं बबा .... अरे गिरोह का कहर, पर लोग सिहरेला जाड़ से, त इ कहर से सिहरावता ससुर के नाती
अब हम का कहीं ए बबा, नया जमाना ह इ
का नया जमाना ह रे , अब इ तीन नमर पन्ना पर देख - फिर ब्लू लाइन का कहर, आ चार नमर पन्ना पर देख - यमुनापार में लुटेरों का कहर- त हमार कहनाम बा कि इ अतना कहरलेस काहे ।
ए से अच्छा त इ होइत कि उपर एगो हेडिंग लगा देतन स बोल्ड अस्सी में कहर आउर नीचे सब खबर एक प एक धान के बोरा लेखा सरिया देतन स- ब्लू लाइन का, गिरोह का, लुटेरन का
हं बबा ... इ त निमन सुझाव बा त एकरा पैठा दिहीं ना चिटठी लिखके ... लगले हाथे ...

Subscribe to:
Posts (Atom)